Showing posts with label ghazal. Show all posts
Showing posts with label ghazal. Show all posts

Thursday, 13 March 2014

हमार एगो भोजपुरी ग़ज़ल

जे कबो सबका के रस्ता बतावत रहे
देखीं उहे आज रस्ता भुलाइल बा

काल्ह घर घर में जाके हमके जोहत रहे
आज उहे अपना घर में लुकाइल बा

इहे भइल खता उनसे मुहब्बत भइल
इ दिल ना ,दरिया ह केसे बन्हाइल बा

उ आदमी ना ह सच में फरिस्ता हवे
जे गरीबन के कभी काम आइल बा

रउवा अइतीं त ऐइजा अंजोर हो जाइत
दिल के झोपडी के दिया बुताइल बा

तू नफरत फैलवला अपना कुर्सी खातिर
आज आदमी से ही आदमी डेराइल बा

अपना जिनगी के इहे हकीकत बाटे
की नेह के डोर से सभ बन्हाइल बा

एके कविता कहानी ना ग़ज़ल कहब
इ दिल के बात ह सीधे कहाईल बा

Disqus Shortname

Comments system